निर्देशांक: 1°25′N 173°00′E / 1.417°N 173.000°E
किरिबाती रिपब्लिक Republic of Kiribati | |
---|---|
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | तरावा 1°28′N 173°2′E / 1.467°N 173.033°E |
आजादी | |
• यूनाइटेड किंगडम से | 12 जुलाई 1979 |
रकबा | |
• कुल | 811 किमी2 (313 वर्ग मील) (172nd) |
जनसंख्या | |
• 2015 जनगणना | 110,136 |
• Density | 152/किमी2 (393.7/वर्ग मील) (73rd) |
जीडीपी (पीपीपी) | 2011 अनुमान |
• कुल | $599 million |
• प्रति ब्यक्ति | $5,721 |
जीडीपी (नॉमिनल) | 2011 अनुमान |
• कुल | $167 million |
• Per capita | $1,592 |
करेंसी | किरिबाती डालर ऑस्ट्रेलियाई डालर (AUD) |
टाइम जोन | (यूटीसी+12, +13, +14) |
ड्राइविंग | बाएँ |
कालिंग कोड | +686 |
इंटरनेट टीएलडी | .ki |
किरिबाती (अंग्रेजी: Kiribati) बिचला प्रशांत महासागर के माइक्रोनेशिया में एगो रिपब्लिक देस बा। एह देस के परमानेंट जनसंख्या 1,10,000 से तनिका बेसी बा (2015 में) आ आधा से बेसी लोग तारवा एटॉल पर निवास करे ला। एह संप्रभु रिपब्लिक में कुल 32 गो एटौल आ मूँगा दीप बाड़ें आ एक ठो उतिराइल मूँगा दीप बनाबा बाटे। एह सगरी दीप सभ के सड़मेड़ रकबा 800 वर्ग किलोमीटर (310 वर्गमील) बाटे आ ई समुंद्र में लगभग 35 लाख वर्ग किलोमीटर के दायरा में छितराइल बाने। इनहन के एह छितराव में भूमध्यरेखा भी आ जाले आ 180 डिग्री देशांतर भी आ जाइत अगर एकरा के एह जगह पर दाहिने ओर मोड़ के न गुजारल जाइत (अहिजा ई मोड़ के लगभग 150 डिग्री पच्छिमी के लगे से गुजरे ले)। एह लाइन के मोड़े के कारन किरिबाती के लाइन दीप के समय किरिबाती के समय के साथे-साथ रहे ला। किरिबाती के सभसे पूरबी दीप. दक्खिनी लाइन दीप जे हवाई के दक्खिन में बा दुनिया में सभसे आगे वाली टाइम जोन यूटीसी+14 में पड़े ला।
किरिबाती के साल 1979 में यूनाइटेड किंगडम से आजादी मिलल आ एकर राजधानी आ सभसे बड़ नगर दक्खिनी तारवा बाटे। एह शहर में कई गो छोट दीप (आइलेट) सामिल बाने आ ई आपस में काजवे द्वारा जुड़ल बाने। ई राजधानी इलाका तारवा एटॉल के लगभग आधा हिस्सा पर बिस्तार लिहले बाटे।
किरिबाती कॉमनवेल्थ ऑफ नेशंस, इंटरनेशनल मोनेटरी फंड (आइएमएफ) आ बिस्व बैंक के सदस्य देस हवे आ एकरा के यूनाइटेड नेशंस के फुल मेंबरशिप साल 1999 में मिलल।
<ref>
tag; no text was provided for refs named CIA
<ref>
tag; no text was provided for refs named r1
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |